Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

नागरिक पत्रकार

टटका खबर पर आपन पूरा जानकारी देत रजिस्टर करीं. बाद में नाम में सुधार ना मानल जाई बाकिर पता बदलल जा सकी. एह खातिर ना त कवनो शुल्क देवे क बा ना ही कुछ खरीदे बेचे के.

बस अपना इलाका के खबर अखबार आ मीडिया में अइला से भरसक पहिले भोजपुरी में लिख के एहिजा पोस्ट करीं. खबर के गुणवत्ता का आधार पर ओकरा के मंजूर भा नामंजूर कइल जाई. अगर राउर भेजल 100 खवर 30 दिन का भीतर सकार लीहल जाई त सबले बढ़िया प्रतिभागी के मिली पाँच हजार रुपिया के पहिला इनाम. बाकी लोगन के हर खबर पर दस रुपिया का हिसाब से पुरस्कृत कइल जाई.

हर खबर कम से कम 300 शब्दन के होखे के चाहीं आ भोजपुरी में लिखल होखे. roman में भा हिन्दी में लिखल समाचार प्रतियोगिता में शामिल ना कइल जाई. समाचार के भाषा भोजपुरी आ लिपि देवनागरी रहे के चाहीं.

न्यूज फोटोग्राफरन के हर प्रकाशित फोटो ला एक सौ रुपिया के इनाम दीहल जाई. हर रोज अधिका से अधिका तीन गो फोटो सकारल जाई. फोटो का साथे खबर होखल जरुरी रही. फोटो के कापीराइट रउरे लगे होखल जरुरी रही.

प्रतियोगिता सफल रहल त आगे चल के इनाम के राशि बढ़ावल जा सकेला आ लोग शामिल ना भइल त खतमो क दीहल जाई. अगर 30 दिन लगातार राउर खबर सकारे जोग मिलत रहल त रउरा के प्रशिक्षु प्रतिनिधि बनावे ला सोचल जा सकेला.

त अब सोचत का बानीं. रजिस्टर करीं आ शुरु हो जाईं.

Leave a Reply

%d bloggers like this: