Lalu Prasad Yadav has accused Congress of joining hands with BJP and to achieve this Modi has been given clean chit in Sohrabuddin case.
भाजपा के सहमति से परमाणू जिम्मेदारी विधेयक ले आवे का तइयारी में लागल केन्द्र सरकार पर लालू प्रसाद आरोप लगवले बाड़न कि ऊ आपन मकसद पूरा करे खातिर भाजपा से समझौता कर लिहले बिया आ एही चलते गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के सोहराबुद्दीन मामिला से मुक्त मान लिहल गइल बा. कहले कि बिना केन्द्र सरकार के सहमति के सीबीआई ई करिये ना सकत रहुवे. लालू के एह मामिला में ज्यादा पता होखी काहे कि चारा घोटाला आ आमदनी से बेसी के संपत्ति वाला मुकदमा में उनका क्लिन चिट कइसे मिलल रहे ई उनका से बढ़िया के जानत होखी ?
लालू के इहो शिकायत बा कि बसपा आ सपा एह मामिला में चुप्पी सधले बा बाकिर ऊ चुप ना रहीहें. असल बात बा कि सपा आ बसपा के अबही क्लिन चिट नइखे मिलल जबकि लालू के मिल चुकल बा आ ऊ अब फँउके खातिर आजाद बाड़न,