संसद का इतिहास में शायद ई पहिला बेर भइल जब सांसद लोग आपन तनखाह आ भत्ता बढ़ावे खातिर जोरदार मांग कइल. लालू प्रसाद यादव एह मांग में सबले आगा रहलें. ऊ लोग सरकार से पूछल चाहत रहुवे कि सांसदन के वेतन आ भत्ता बढ़ावे के बिल पेश करे में देर काहे हो रहल बा. बाद में सरकार का तरफ से आश्वासन दिहल गइल कि जल्दिये तिगुना वेतन करे वाला बिल संसद में पेश कइल जाई.
अबले इहे होत आइल रहे कि बिना कवनो शोरगुल हल्ला हंगामा के ऊ लोग आपन वेतन भत्ता बढ़ा लेत आइल बा. आखिर संसद खुदमुख्तार ह अतनो ना कर सकी ?
Yesterday Lalu Pd.Yadav of RJD was in the forefront demanding answer from the treasury benches about the delay in enhancing pay and allowances of MPs. Finally they were assured that they will get triple pay as of now and the bill will be put up in the parliament soon.