Sri Lanka off spinner Suraj Randive has been suspended for one match and fined one match fees for the no-ball he delivered against Virendra Sehwag.
अपने फेंकल नो बाल पर श्रीलंका के आफ स्पिनर सूरज रणदिवे के एक मैच खातिर निलम्बित कर दिहल गइल बा आ एक मैच के फीस का बराबर जुर्माना लगा दिहल गइल बा. दिलशानो पर पूरा मैच के फीस बरोबर जुर्माना लगावल बा आ कप्तान कुमार संगकारा के चेतावल गइल बा.
भारत का साथ हो रहल एकदिना में जब वीरेन्द्र सहवाग ९९ रन पर रहुवन आ भारत के जीते खातिर एकही रन के जरुरत रहुवे त इन्डियन प्रीमियर लीग में सहवागे का साथ खेलेवाला दिलशान रणदिवे के नो बाल फेंके के सलाह दे दिहलन. एहसे भारत त जीत गइल बाकिर वीरेन्द्र सहवाग आपन तेरहवाँ शतक बनावे से चूक गइलन. एह बेहयाई के चउतरफा आलोचना का बाद श्रीलंकाई बोर्ड के ई कड़ा कदम उठावे के पड़ल बा.
4,547 total views, 2 views today