Bring it here are go out of India

The Govt. of India has asked the Black Berry either to install its servers in India or get out of it. India fears the existing servers in Canada are detrimental to national security. The last date is 31st August if Indian govt. does not succumb to Canadian pressure.

साँप निकलला का बाद लाठी पीटे वाला आदत से मजबूर भारत सरकार पहिले त ब्लैक बेरी के भारत में सेवा शुरु करे के इजाजत दे दिहलसि. बाद में जब ट्यूब लाइट का तरह दिमाग में रोशनी आइल त बुझाइल कि एह सेवा से भारत के सुरक्षा के खतरा हो सकेला. ब्लैकबेरी सेवा देवे वाला कंपनी से कहलसि कि ऊ भारत के हर जरुरी जानकारी हासिल करावे आ कवनो फोन काल के बीच में सुने के सुविधा देव त कंपनी एह बाति से इंकार कर दिहलसि. ब्लैकबेरी फोन भारत के दस लाख रसूख वाला ग्राहकन का लगे बा जवना का भरोसे कंपनी के उमेद बा कि मामिला टल जाई. भारत सरकार कंपनी के ३१ अगस्त तक के मोहलत दिहले बिया कि ओकरा पहिले भारत में ऊ आपन सर्व लगा लेव आ भारत के सुरक्षा बल के फोन सुने के सुविधा दे देव.

अब देखे के बा कि भारत सरकार अपना धमकी पर कायम रहत बिया कि कनाडा सरकार भा कंपनी भा ओकरा रसूख वाला ग्राहकन का दबाव में झुक जात बिया.