The IIT-JEE entrance examination for the year 2011 will be held on 10th April and will be organised by IIT, Kanpur. The pattern and syllabus for the examination shall be unchanged. This was decided at a meeting of all the IITs at Kanpur.
अगिला साल होखे वाला आईआईटी जेईई परीक्षा १० अप्रैल २०११ के करवावल जाई आ एकर तौर तरीका पिछले साल वाला रही. साल २०११ के परीक्षा आईआईटी कानपुर आयोजित करी.
एह बाति के फैसला शनिचर का दिने कानपुर में भइल बईठका में लिहल गइल जवना में सगरी आईआईटियन के प्रतिनिधि शामिल भइले.
परीक्षा फार्म आनलाइनो भरल जा सकी. असली तारीख जहिया से फार्म मिलल शुरु होखी आ कबले जमा कइल जा सकी एकर जानकारी दस बारह दिन में दे दिहल जाई.