Due to continuous rains in Nepal lower terrain of north Bihar are facing rising water levels in Kosi and Bhutahi Balan rivers. Flood water has entered many villages in Nautan, Bairiya, Khutauna, and Phulparas blocks of West Champaran and Madhubani.
नेपाल में लगातार हो रहल बरखा का चलते उत्तर बिहार का नदियन में बाढ़ आ गइल बा. पश्चिमी चम्पारण आ मधुबनी का कई गो गाँवन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा. नौतन आ बैरिया के हालत खराब हो रहल बा. मधुबनी के खूटौना आ फुलपरासो में बाढ़ के पानी घुसल बा. कोसी आ भुतही बलान दुनु नदियन में पानी उफना रहल बा.
ओने रोहतास जिला में सावनी मेला में गइल तीन गो लोग पहाड़ी नाला में अचके में आइल बाढ़ से दहा गइल. दू गो के लाश मिल गइल बा तिसरका के खोज हो रहल बा,