Due to release of abundant rain water from Nepal the rivers of Purvanchal are full to the danger line and at many places way over it. 160 villages are reported to be affected with flood in Ghaghra. Azamgarh, Mau, Ballia, Deoria, Gorakhpur everywhere flood water has entered villages.
नेपाल से बेहिसाब पानी छोड़ दिहला का चलते घाघरा नदी में बाढ़ आ गइल बा आ ओकरा चपेट में आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, गोरखपुर हर जगहा के लोग आ गइल बा. पूर्वांचल के तकरीबन १६० गाँव के बाढ़ का चपेटा में पड़ला के खबर बा.
सोमार का दिने घाघरा मऊ में खतरा के निशान पार कर गइल रहे. ओने लखीमपुर खीरी में १३ लोग के दहा जाये के खबर बा.