Recently the salary of MPs were tripled and allowances doubled but the messiah of poor and downtrodden people were not satisfied with this ‘meagre’ increase in their salary and allowances. Lalu and Mulyam were in the forefront to demand more and finally the govt. has decided to give them an additional Rs. 10000/- as allowances.
सर्वहारा के भा गरीब जनता के रहनुमा सांसद आपन वेतन सोलह हजार से बढ़ा के पचास हजार कइला आ भत्ता दुगुना कइला का बादो संतुष्ट ना भइल रहले आ लालू आ मुलायम जइसन गरीबन के रहनुमाई में सांसद आपन वेतन बढ़ावे के माँग ले के पिछला शुक का दिने संसद ना चले दिहले रहले. अब सरकार ओह लोग के संतुष्ट करे बदे ओह लोग के भत्ता अउरी दस हजार बढ़ा दिहले बिया.
शायद एह बढ़ोतरी का बाद ऊ लोग परमाणु जिम्मेदारी विधेयक पर सरकार पर नरमी देखाई आ अमेरिकी प्रशासन आ न्यूक्लियर सप्लायर ग्रुप का दबाव का चलते समर्पण करे का मुद्रा में आइल सरकार के बाति मान ली. आपन वेतन भत्ता बढ़ गइल देश के बादो में देखल जा सकेला. न्यूक्लियर दुर्घटना कवनो रोज रोज थोड़े होखेला. जब होखी तब कुछ दिन ले चिलपों मचा के फेर चुप हो जाइल जाई. भोपाल गैस त्रासदी के उदाहरण सामने बा.