Congress party is going to contest on all the seats in the coming Bihar Assembly Elections 2010 to enable itself with about 40 plus seats. This will deny a clear majority to either JDu-BJP or RJD-LJP alliances and will pave the way for an unstable Bihar. Congress will then rule behind the facade of President’s rule in the state and make grounds for a majority for its own.
बिहार विधानसभा के अगिला चुनाव कांग्रेस अपना जीते खातिर ना दोसरा के जीते से रोके खातिर लड़त बिया. ओकर योजना बा कि केहू तरह अतना सीट जीत लिहल जाव कि जदयू-भाजपा, भा राजद-लोजपा गठबन्हनन में से कवनो के बहुमत मत मिलो आ ऊ केहू के सरकार बने से रोक पावे. ओह हालात में बिहार में राष्ट्रपति शासन लगा के पर्दा का पीछे से सरकार चलावल जाई. तब ओकरा बाद जवन चुनाव होखी तवना में कांग्रेस के अपने बल पर जीते के उमेद बा. बिहार में पिछला कई चुनाव में कांग्रेस लालू का सहारे चुनाव लड़त आइल बिया बाकिर अबकी लालू के डुबावे के पूरा इन्तजाम कइल चाहत बिया कांग्रेस. लालूओ कांग्रेस के बिहार में ओकरा औकात पर ले आवल चहीहें.