web analytics

Pakistan accuses Pawar for a conspiracy

Pakistan has blamed the ICC chief Sharad Pawar for hatching a conspiracy to get its players banned. ICC has refuted this accusation. Three players of Pakistan Cricket team have been banned after they were found to indulging in “spot-fixing”. Pakistani cricket is already doomed and this new incident is going to be the latest, not the last, nail in its coffin.

पाकिस्तान के आरोप बा कि शरद पवार ओकरा खिलाड़ियन के जानबूझ के प्रतिबन्धित करवले बाड़न जबकि आईसीसी एह तरह के कवनो बाति से इन्कार कइले बिया. पाकिस्तान के तीन गो खिलाड़ियन, मोहम्मद आमिर, सलमान बट, आ मोहम्मद आसिफ, के स्पाट फिक्सिंग में शामिल रहला का चलते प्रतिबन्धित कर दिहल गइल बा. एह घटना से पाकिस्तानी क्रिकेट के संकट अउरी बढ़ गइल बा. पहिलही कवनो देश पाकिस्तान जा के खेले के तइयार ना रहले आ ओकरा दोसरा देश में जा के आपन घरेलू सीरिज खेले के पड़त बा. ओकरा सामने आर्थिक संकट बा.
वइसे जवना देश के राष्ट्रेपति पर कमीशनखोरी के आरोप बा, जवन देश कपार तक ले कर्जा में डुबल बा, जवन बाढ़ खातिर मिले वाली सहायता के खैरात का रुप में मांगत बा काहे कि ओकरा लगे कर्जा लवटावे के औकात नइखे, ओह देश के खिलाड़ी अगर कुछ गड़बड़ करिये दिहले त कवन आश्चर्य. ओह लोग के पाकिस्तानी चरित्र के प्रतीक मान के माफ कर देबे के चाहीं,

 241 total views,  5 views today

%d bloggers like this: