Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

Sachin Tendulkar made Group Commander in AirForce


Air Force has conferred an honorary title of Group Commander to famous cricket player Sachin Tendulkar. He is the first sportsman to achieve such honor from the AirForce. Earlier Kapildev was made Lt.Colonel of Territorial Army. Sachin has been given a basic training in military practices.

मशहूर क्रिकेट खिलाड़ी सचिन तेंदुलकर के भारतीय वायु सेना आपन ग्रुप कमाण्डर के पदवी दिहले बिया. वायुसेना से एह तरह के सम्मान पावे वाला ऊ पहिला खिलाड़ी बाड़े. एहसे पहिले कपिलदेब के टेरिटोरियल आर्मी में लेफ्टीनेन्ट कर्नल बनावल गइल रहे. सचिन के ग्रुप कमाण्डर के पदवी देबे से पहिले उनका के वायुसेना के कार्यप्रणाली से परिचित करावल गइल आ उनका के बेसिक ट्रेनिंगो दिहल गइल बा.
एगो शानदार समारोह में सचिन के वायुसेना के ग्रुप कमाण्डर के पदवी औपचारिक तौर पर दिहल गइल. भारत के राष्ट्रपति प्रतिभा सिंह पिछला २३ जून के सचिन के ई पदवी देबे के सूचना जारी कइले रही. वायुसेना के उमेद बा कि सचिन के शामिल भइला से देश के नौजवान वायुसेना में आपन रुचि बढ़इहें. सचिन वायुसेना के ब्राण्ड अम्बेसडर का रुप में काम करीहें.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: