Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

More than a dozen students suffer burns


In a sudden fire in a school vehicle more than a dozen students have suffered burn injuries. The school van was carrying 22 students at the time when the LPG system suddenly turn into flames. Passerby people rescued the trapped students while the driver fled away.

आजमगढ़ के यशोदा स्मारक स्कूल के विद्यार्थियन के ढोवत एगो वैन में आग लाग गइला से दर्जन से बेसी छात्र ओहमें झँउस गइले. वैन गैस का सिलिण्डर से चलावल जात रहुवे. आग लगला का बाद वैन के ड्राइवर भाग पराइल. अगल बगल के लोग आग मे घेराइल लड़िकन के केहू तरह निकलले तबले ओहमें से बहुते लड़िका झँउस गइल रहले स. घटना के जानकारी मिलला का बाद स्कूल के संचालक आ प्रिन्सिपल स्कूल में ताला लगा के फरार हो गइल बाड़े.

एगो दोसरा दुर्घटना में गाजीपुर जिला के दुल्लहपुर में एगो स्कूल बस सड़क पर खाड़ एगो लड़िका के कचार दिहलसि. घटना का बाद खिसियाइल लोग एनएमसी स्कूल में जा के तोड़फोड़ कइले आ तीन गो बस के डैमेज कर दिहले. कचारे वाली बस में आग लगा दिहल गइल.

%d bloggers like this: