The Red Ribbon Express will reach Ballia today and the station have been decorated to welcome this train which educate the public ablout AIDS awareness. This train has eight coaches out of which six are for the campaign.
आजु एड्स से बचाव का बारे में जानकारी देबे वाली रेड रिबन एक्सप्रेस बलिया चहुँपे वाली बा. स्टेशन के कवनो दुलहिन के स्वागत करे जइसन सजावल गइल बा. गाँवे गाँवे एकर प्रचार कई दिन से करावल जा रहल बा. स्टेशन पर शामियाना लगा के स्वास्थ्य विभाग के दू दर्जन स्टाल लगावल गइल बा. ट्रेन में आठ गो बोगी जोड़ल बा जवना में से चार गो में प्रदर्शनी लगावल गइल बा, एगो में प्रशिक्षण देबे के इन्तजाम बा आ एगो डिब्बा में इलाज के व्यवस्था रही. बाकी दू गो डिब्बा संबंधित लोग के इस्तेमाल खातिर बा.