web analytics

Show-Cause notices to VC and Registrar of JP University

VC and Registrar of JP University, Chapra appointed 3rd and 4th grade employees without advertising the vacancies. The student and employees organisations objected to this malpractices and the appointments were cancelled. Now Director of Higher Education has sent them notices to show why action should not be taken against them.

Apponting any employee without first advertising the posts amount to malpractice. The VC and Registrar have been accused of irregular transfers too. They are asked to reply within a week.

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो॰डा॰रामप्रवेश शर्मा आ कुलसचिव प्रो॰विजय प्रताप कुमार से पुछल गइल बा कि नियुक्ति आ स्थानान्तरण का मामिला में गलत काम करे का चलते ओह लोग का खिलाफ कार्रवाई काहे ना कइल जाव. पिछला दिने विश्वविद्यालय में तीसरा आ चउथा वर्ग के कर्मचारियन के बिना कवनो विज्ञापन निकलले नियुक्त कर लिहल गइल रहे आ जब छात्र आ कर्मचारियन के संगठन एकर विरोध कइले स त नियुक्ति के रद्दो कर दिहल गइल.

एह दुनु अधिकारियन पर अउरियो अनियमितता के आरोप बा. जइसे कि प्राचार्यन के नियुक्ति में आ प्राध्यापकन के स्थानान्तरन का मामिला में दुनु जने आपन मनमानी कइले आ नियम विरुद्ध काम कइले. अब उच्च शिक्षा निदेशक ओह लोग से कारण बतावे के नोटिस दिहले बाड़न.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: