web analytics

Subhash resigns from RJD

Subhash Yadav, a brother-in-law of Lalu Yadav, has resigned from RJD accusing Lalu Prasad of dictatorial behaviour. Sadhu Yadav has already dumped Lalu and is in Congress since last parliamentary elections. Akhilesh Singh has also left Lalu to join Congress and Umashankar Singh of Maharajganj is already talking like a rebel. All this shows the demise of RJD.

राजद के डूबत नाव बतावत लालू के सार सुभाष यादव पार्टी छोड़ दिहले बाड़न. एगो सार साधु यादव पिछलके लोकसभा चुनाव में पार्टी छोड़ दिहले बाड़े. सुभाष यादव के आरोप बा कि लालू तानाशाही देखावत बाड़े. पार्टी में लोकतंत्र नइखे रह गइल. बिहार के मुख्यमंत्री फेर बने के सपना लिहले लालू प्रसाद एह चुनाव में आपन सगरी ताकत लगा दिहल चाहत बाड़न जबकि उनकर पुरान सिपाहसालार उनकर साथ छोड़त जा रहल बा लोग. प्रभुनाथ सिंह जदयू छोड़ राजद में अइले त उनकर विरोधी रहल उमाशंकर सिंह बगावत के झण्डा उठा लिहले बाड़े. लालू के एगो अउर सहयोगी अखिलेश सिंह पार्टी छोड़ कांग्रेस में शामिल हो गइल बाड़न.

अगर इहे हाल रहल त लालू के राजनीतिक महत्वे खतम हो जाई आ देश के राजनीति से एगो लबार के के विदाई हो जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: