web analytics

Narendra Modi starts Muslim vote bank game

Softening his anti-muslim image is at the top priority for Narendra Modi who won the Congress bastion of Kathlal constituency in Gujarat on Muslim support. He has now nominated 22 candidates for Ahmedabad Municipal Corporation on BJP ticket dspite murmur of protest amongst the party colleagues. Ahmedabad is the largest city of Gujarat and now it may have a Muslim Mayor from BJP. The person most favoured is Abdullah Ibrahim Saiyad, a retired IPS officer.

सुने में त बड़ा अजब लागत बा कि गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी मुस्लिम वोट बैंक के राजनीति कर रहल बाड़न बाकिर असलियत इहे बा. पिछला दिने गुजरात के कठलल विधानसभा सीट पर कांग्रेस के हरावे में मिलल मुस्लिम समर्थन से उत्साहित नरेन्द्र मोदी अब गुजरात के सबले बड़ शहर अहमदाबाद में मेयर का पद पर एगो मुस्लिम प्रत्याशी अब्दुल्ला इब्राहिम सैयद के बइठावे के योजना बना रहल बाड़न. ओहिजा २२ गो मुसलमान उम्मीदवारन के भाजपा के टिकट दिहल गइल बा.

अगर अब्दुल्ला सैयद अहमदाबाद के मेयर बन जात बाड़न त नरेन्द्र मोदी के मुस्लिम विरोधी छवि बहुते धुंधला जाई. गुजरात के पहिला मुस्लिम डीजीपी नरेन्द्रे मोदी बनवले.

असल में जे संघ के अंदरुनी राजनीति जानत बा ऊ जानेला कि संघ के कवनो प्रतिनिधी के आपन कुछ ना होला, ना सोच ना कर्म, ऊ उहे करेले जवन संघ से करे के कहल जाले. देश में सक्षम नेता के कमी देखत संघ हो सकेला कि नरेन्द्र मोदी से आपन छवि सुधारे के कहले होखे आ ऊ उहे करत होखस. काहे कि बिना आपन छवि सुधरले नरेन्द्र मोदी के दोसर दल के समर्थन ना मिल सके. अनेसा बा त बस अतने कि कहीं उनकरो हाल लालकृष्ण आडवाणी जइसन मत हो जाव. आडवाणीओ आपन छवि सुधारे का फेर में जिन्ना के प्रशंसक बन गइल रहले आ ओकरा बाद जवन भइल तवन सभका सामने बा.

 338 total views,  5 views today

%d bloggers like this: