Ignoring the earlier suggestions BJP has announced its first list of candidates for 87 seats. Under the agreement with JD(U) BJP has got 102 seats. Four sitting MLAs have been denied tickets. Earlier it was whispered that more than a dozen sitting MLAs may be axed.
भाजपा अपना कोटा के १०२ सीट में से ८७ गो के नाम अपना पहिलका सूची में जारी कइले बिया. दिल्ली में पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीन गडकरी का अध्यक्षता में केन्द्रीय चुनाव समिति एह सूची के अंतिम रुप दिहलसि. एह बइठका में लालकृष्ण आडवाणी, सुषमा स्वराज, आ अरुण जेटली समेत केंद्रीय चुनाव समिति के सगरी सदस्य मौजूद रहले.
चार गो मौजूदा विधायकन के टिकट नइखे दिहल गइल. एह लोग के नाम बा रामजी ऋषिदेव, जनार्दन यादव, संजीव झा, आ लक्ष्मी नारायण मेहता. पहिले संकेत मिलत रहे कि कम से कम चौदह जने के टिकट काटल जाई.