web analytics

Now your motor cycles may get seized for election duty

In the past cars and other similar vihicles were forcibly taken for election duty. Trucks and Buses were routiney seized or called for election duty. This time motor cylces too will be the target of such seizures and the owner will get a compensation @ Rs.100/- per day.

अब तकले चुनाव काम खातिर बड़का गाड़ियन के जब्ती आम बात रहुवे बाकिर अबकी का बिहार विधानसभा चुनाव में मोटर साइकिलो एह तरह के जब्ती के निशाना पर रहीहें. परिवहन विभाग जब्त मोटरसाइकिलन खातिर सौ रुपिया रोजाना का दर पर भुगतान करी.

अइसनका आदेश २७ सितम्बर के बिहार के परिवहन आयुक्त जारी कर दिहले बाड़न आ सगरी अधिकारियन के एह बाबत सुचना भेज दिहल गइल बा.

सरकार के एह फैसला के जनहित में मानल संभव नइखे. मोटरसाइकिल आम आदमी अपना जरुरत खातिर राखेला भाड़ा पर चलावे खातिर ना. एह फैसला के विरोध स्वाभाविक तौर पर होखी आ हो सकेला कि न्यायालय में केहू याचिको दायर कर देव. बाकिर तबो सावधाने रहला के जरुरत बा.

 290 total views,  5 views today

%d bloggers like this: