web analytics

A cattleowner dies with his cattle due to electrocution

A live wire fell down on a cattle in Siswania Purab Tola of Lauriya block of Bettiah in Wednesday night. The owner rushed to save his cattle and got electrocuted too. He too died. Villagers are angry with the electricity department for neglecting old and weak wires and not replacing them in time.

बेतिया के लौरिया प्रखंड के सिसवनिया पूरब टोला के हरिहर सिंह के मवेशी पर बिजली के तार टूट के गिर पड़ल. मवेशी छटपटाये लागल त हरिहर सिंह लाठी से तार हटावे दउड़लन बाकिर उहो बिजली का चपेटा में आ गइलन आ दुनु के मौत ओहिजे हो गइल. जब ले गाँव के लोग जुटे तबले सगरी कहानी खतम हो चुकल रहे. हरिहर सिंह के लाश पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल.

गाँव वाले बिजली विभाग के दोष देत बाड़े कि विभाग आपन कमजोर तार समय पर ना बदले जवना चलते ई दुर्घटना भइल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: