Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

Angry BJP Bihar chief resigns


When his son Vivek was denied a ticket from Digha Bihar BJP chief Dr.C.P.Thakur has resigned saying he is being ignored in party decisions and feels humiliated. Ashwini Kumar Chaube too has resigned from the core committee. It is being said that Sushil Modi is having his way in party matters.

अपना बेटा के विधायकी के टिकट ना मिलला से नाराज बिहार भाजपा अध्यक्ष डा॰सी॰पी॰ठाकुर अपना पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. उनकर कहना बा कि पार्टी में उनकर अनदेखी हो रहल बा आ जब अपना बेटे के टिकट ना दिया सकस त पार्टी अध्यक्ष रहला के फायदा का ? डा॰सी॰पी॰ठाकुर कांग्रेस का रास्ते भाजपा में आइल बाड़न आ उनका संघ के संस्कृति के ज्ञान नइखे. बाकिर संघ के तौर तरीका से बढ़िया से वाकिफ अश्विनीओ कुमार चौबे पार्टी के कोर कमिटी से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. उनकरो शिकायत इहे बा कि पार्टी में उनकर नइखे सुनल जात.

कहल जात बा कि बस सुशील मोदी के चलत बा आ उहे हो रहल बा जवन ऊ चाहत बाड़े. जे सुशील के पहिले से जानत बा ऊ इहो जानत बा कि सुशील अपना विरोधियन के कवना सफाई से किनारे लगवा देबेले.

%d bloggers like this: