Life imprisonment to six kidnappers

A fast track court in Sasaram has sentenced for life six kidnappers of an electrician of Efcon. Police has arrested the kidnappers along with the ransom money.

सासाराम के एगो फास्ट ट्रैक कोर्ट इफकान कंपनी के एगो कर्मचारी के साल २००८ में अपहरण करे का आरोप में छह गो दोषियन के उमिर कैद के सजा सुनवले बा.

ऊ कर्मचारी सोन नदी पुल के काम में लागल रहुवे जब फिरौती खातिर ओकर अपहरण कर लिहल गइल रहे. जाँच का क्रम में पुलिस छह गो अपहरणकर्तन के फिरौती खातिर दिहल दू लाख रुपिया का साथे गिरफ्तार कर लिहले रहे. ऊ लोग पचास लाख के फिरौती मँगले रहुवे.

दोषियन के नाम निर्मल, विजेन्द्र, रामाशीष, अरविन्द उर्फ विनोद, सतेन्द्र, आ शिवमुनी ह.