web analytics

1st phase of Panchayat elections tomorrow

1st phase polling for U.P.Panchayat elections will be held tomorrow and all arrangements have been made for peacefull and impartial elections. Polling parties have started moving for their booth. Vehicular movement will be suspended from today afternoon in the areas going for polls tomorrow.

यूपी के पंचायत चुनाव के पहिला चरण में काल्हु मतदान करावल जाई. प्रशासन हर जगहा शान्तिपूर्ण आ निष्पक्ष चुनाव करावे का तइयारी में लागल बा. कहल गइल बा कि गड़बड़ी फइलावे वालन के देखते गोली मार दिहल जाई. मतदान करावे वालन के दल आजु से अपना अपना निर्धारित जगहा जाये के शुरु कर दिहले बाड़े.

चुनाव लड़े वालन खातिर आजु के रात कतल के रात जइसन होखी. नवरात का चलते मुर्गा मीट के भोज से बाचल बा लोग बाकिर शराब के बोतल आ पाउच बटाये के काम चुपा चोरी लागल बा. कुछ लोग रुपयो पइसा बाँटे में लागल बा. प्रशासन हर तरह के नाजायज गतिविधि पर नजर राखे के दावा त करत बिया बाकिर जहाँ इनारे में भाँग घोरा गइल होखी ओहिजा के होशोहवास में रह सकेला. लोकतंत्र के एह बुनियादी चुनाव में सगरी बुराई भर गइल बा आ जीती उहे जे धन बल में मजगर पड़ी.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: