web analytics

चुनाव का मौसम में वादा के बरखा

Lalu has promised reservation to Muslims while Nitish is promising electricity in every home if he gets another chance. Lalu is facing his most decisive election this time. This is a make or mar situation for him and many of his trusted lieutinents have left him. To make the matters worse Congress is busy garnering the votes of Muslims. In an election meet yestrerday at Katihar Rahul Gandhi has said that contesting alone will go in Congress favour.

बिहार विधानसभा चुनाव में हर राजनीतिक दल वोटरन के लुभावे का कोशिश में लागल बा. हालात इहे बा कि,
का हो, का बाँटत बाड़ ?
गप्प !
त तनी सबराहे बाँटऽ.

मुसलमान आ यादव गठजोड़ का सहारे चुनाव के वैतरणी पार करे के सपना देखत लालू मुसलमान के भरोसा दिआवल चाहत बाड़े कि अगिला बेर उनकर सरकार बनल त मुसलमानन के आरक्षण दे दिहल जाई. बस अतने नइखन बतावत कि ऊ आरक्षण पिछड़ा समुदाय के मिलल हिस्सा में से काट के दिहल जाई !

ओने राहुल गाँधी बिहार में कांग्रेस के चुनाव प्रचार करत कहत बाड़न कि कांग्रेस बिहार में सही विकास कइल चाहत बिया. उदाहरण देत बाड़न कि दिल्ली, आंध्रप्रदेश, हरियाणा में काम बेसी होला बतकही कम. राहुल का हिसाव से अकेले लड़े के फैसला से कांग्रेस के फायदा होखी. लालू के इहे चिन्ता बा कि कांग्रेस के होखे वाला फायदा उनका के नुकसान चहुँपा के होई.

पाँच साल ले बढ़िया से सरकार चलवला का बाद बिहार में विकास के मुद्दा बना देबे वाला नीतीश कहतारें कि अगर फेरु मौका मिलल त हर घर में बिजली चहुँपा दिहन.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: