web analytics

सवाल सुन के बुखारी के बोखार हो गइल

A local Urdu journalist Md.Chishti dared to ask Shahi Imam Abdullah Bukhari a pointed question about Ayodhya dispute. He said that the land records of year 1528 show the land in the name of King Dasharath who was the father of Rama, so why not hand over the land to Hindus ? This question infuriated Bukhari so much that he and his henchmen beat the journalist blue. Bukhari was addressing a press conference at Lucknow.

लखनऊ में पत्रकार सम्मेलन करे आइल दिल्ली के जामा मस्जिद के शाही इमाम अब्दुल्ला बुखारी से एगो उर्दू अखबार के पत्रकार मो॰चिश्ती पूछ दिहलन कि जब साल १५२८ का खसरा में अयोध्या वाली जमीन राजा दशरथ का नामे देखावल गइल बा, आ राम राजा दशरथ के वारिस रहलन त काहे ना मुसलमान लोग ओह जमीन के हिन्दूवन के सँउप देत ? सवाल सुनते बुखारी के बोखार चढ़ि गइल आ लगलन अनाप सनाप बके. उनका बोली से लागत रहुवे कि कवनो गुण्डा मवाली केहू के धमकावत बा. बुखारी खातिर ई कवनो पहिला बेर ना भइल. जबे कवनो पत्रकार उनका के मुसीबत में डाले वाला सवाल पूछे के हिमाकत करे ला त ऊ ओकरा से मारपीट करे पर उतारु हो जाले.

काल्हुओ मंच पर बइठ के ओह पत्रकार के धमकवला से संतोष ना भइल त बुखारी आ उनकर सहयोगी बाद में मंच से उतर के ओह पत्रकार के जमके धुन दिहले. सब कुछ कैमरा का सोझा भइल बाकिर पुलिस के त केहू शिकायत दर्ज करावे वाला चाहीं. एहसे बुखारी का खिलाफ कवनो मुकदमा दर्ज नइखे भइल आ सेकूलर मीडिया एह खबर के मजबूरन प्रसारित त कर दिहलसि बाकिर तय मानीं कि बुखारी का खिलाफ ओकरा खड़ा होखे के कवनो संभावना नइखे आ बुखारी एही तरह बीच बीच में बोखार के शिकार होत रहीहें.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: