Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

केन्द्र से मिलल धन आपन बता के खरचत बिया बिहार सरकार


Bihar government using center’s money to claim its credit

PM Manmohan Singh has accused Bihar government that it uses center’s money but says it is states money. He further accused that Bihar government is not utilising the central assistance properly. On the other hand Nitish, Lalu, Ramvilas, every opposition leader has criticised Manmohan Singh for his statement.

देश के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अपना चुनाव सभा में बिहार सरकार पर आरोप लगावत कहले कि बिहार के विकास खातिर केन्द्र से मिलल धन इस्तेमाल कर के बिहार सरकार आपन बतावत बिया. हर साल केन्द्र बिहार खातिर एक हजार करोड़ रुपिया देत आइल बिया बाकिर बिहार सरकार ओकर सुबहित इस्तेमाल ना कइलसि.

ओने नीतीश फेर केन्द्र पर आरोप लगवले बाड़न कि ऊ बिहार का साथे मयभावत व्यवहार करत बिया. बिहार के जरुरत लायक धन केन्द्र नइखे देत. मनमोहन के बयान पर लालू आ रामोविलास आपन विरोध जतवले बाड़े. लालू का मुताबिक बिहार के पिछड़ापन में कांग्रेसो के बड़हन योगदान बा.

लालू अपना चुनाव सभा में मुसलमान आ सवर्ण दुनु पर डोरा डाले के कोशिश में लागल बाड़न. कहत बाड़े कि मुसलमान आ सवर्ण दुनु के आरक्षण के फायदा दीहें. ओने नीतीशो सवर्ण लोग से सहयोग मँगले बाड़न कि अगिलको सरकार उनकरे बनवावे लोग जेहसे कि बिहार के विकसित राज्य बनावल जा सके.

%d bloggers like this: