Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

गैस गुब्बारा भरे वाला सिलिण्डर फटला से दू लोग के मौत


Gas cylinder burst at Sikandarpur navami mela

Two persons are dead and three are hospitalised due to an accident when a gas cylinder filling ballons in Sikandarpur mela burst last night duing Navami Mela. One of the injured is said to die at sadar hospital where three persons were hospitalised in serious condition.

आजुवे के खबर बा कि बलिया जिला के सिकन्दपुर में गैस गुब्बारा के सिलिण्डर फटला से दू आदमी के मौत हो गइल बा आ तीन जने गंभीराह घवाहिल होके बलिया जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े. ओहू में से एगो आठ साल के लड़की प्रिया के हालत बहुते खराब आ अपुष्ट जानकारी मिलत बा कि ओकरो मौत हो गइल बा. बाकी दू जने चालीस बरिस के संतोष मधुकर आ १८ साल के मोनू पाण्डे के नाम मरे वालन में शामिल बा, १४ साल के धीरज आ ८ साल के रामनारायण के हालत खराब बतावल जात बा. घटना रात नवमी का मेला में भइल. (स्रोत : अनिल अकेला, freelancer)

%d bloggers like this: