web analytics

दुर्गा स्थान पर भगदड़ से दर्जन भर लोग के मौत आ पचासन घवाहिल

10 died and 50 injured in stampede at a Puja place

At Durga Sthan of Teldiha under Shambhuganj P.S. of Baka district 10 persons died and more than 50 were injured when two groups started fighting when a goat was being sacrificed to please the goddess ! Police lathi charged and fired to control the crowd and senior officers are camping there. Situation is under control.

बाँका जिला के शंभूगंज थाना के टेलडीहा दुर्गास्थान पर भइल भगदड़ से दस लोग के जान चलि गइल आ पचसन लोग घवाहिल हो गइलें. बतावल जात बा कि बकरा के बलि देत घरी दू गुट अपने में लड़ गइल जवना चलते भगदड़ मचल आ लोग एक दोसरा के कचारत लसारत भाग चलल. भीड़ के काबू करे खातिर पुलिस लाठीओ चलवलसि आ फायरिंगो कइलस. अब प्रशासने बता सकेला कि लाठी चार्ज आ फायरिंग से भगदड़ पर कइसे काबू पावल जाला !

घटनास्थल पर पुलिस आ प्रशासन के बड़का अधिकारी लोग कैंप कइले बा आ हालात काबू में बतावल जात बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: