Boat mishap kills a dozen in Patna
An overloaded boat capsized in Punpun river, near Behrapur Khoria village of Pipra P.S. in Patna district. The passangers of the boat were from Navada village of Masaurhi. 11 bodies have been recovered. 17 are still missing and efforts are on to search them.
पटना का पिपरा थाना का बेहरापुर खोरिया गाँव का लगे पुनपुन नदी में एगो नाव पलटला से एक दर्जन लोग के मौत हो गइल आ अबहियो सतरह लोग लापता बतावल जात बाड़े. नाव पर पचपन आदमी सवार रहलन. बहुते लोग त पँवड़ के निकल आइल बाकिर बाकी लोग डुब गइल. प्रशासन के राहत एक घंटा बाद शुरु हो पावल तबले डुबल लोग तेज धार में बह गइले. ११ गो लाश निकालल जा चुकल बा आ बाकी लोग के तलाश हो रहल बा. मरल लोग मसौढ़ी के नवादा के बतावल जात बाड़े.
बिहार सरकार मरल लोग के परिवार के एक एक लाख रुपया के मुआविजा देबे के एलान कइले बिया.