RJD to get more seats and votes
An opinion poll done by A.C.Neilsen and Star News shows increase of seats for JD(U)-BJP combine. They are expected to win about 170 seats, 27 more than previous election in 2005. Congress will get more than double seats while RJD-LJP combine will be reduced to half.
बिहार विधानसभा चुनाव के एगो ओपिनियन पोल में बतावल गइल बा कि अबकी का चुनाव में कांग्रेस के पिछली बेर से दुगुनो से बेसी सीट मिली. ओहिजे लालू पासवान के पिछला बेर से करीब अधिया. पिछलका चुनाव में कांग्रेस के ९ गो सीट मिलल रहुवे आ लालू पासवान के ६४ गो. अबकी कांग्रेस के २२ गो ले मिल सकेला आ लालू पासवान चँउतीसे पर समेटा जइहन.
ई ओपिनियन पोल स्टार न्यूज चैनल खातिर ए॰सी॰नेल्सन करवले बाड़े. करीब बाइस हजार लोगन से कइल गइल एह सर्वे में इहो नतीजा निकलल बा कि अबकी जाति कवनो मुद्दा ना रही आ मतदाता जाति के ना उम्मीदवार के पार्टी के वोट दीहें जे विकास के बात करी.
एह सर्वे में आइल नतीजा जदयू भाजपा गठबन्हन खातिर बड़हन खुश खबरी ले के आइल बा. बतावल गइल बा कि राजग के अबकी कुल २४३ सीट में १७० सीट पर जीत मिल सकेला. ओकर वोट प्रतिशतो पिछला बेर के ३६.१ फिसदी से बढ़ के ४१ फीसदी हो जाये के अनुमान बा. पिछला बेर राजग के १४३ गो सीट मिलल रहुवे आ पाँच फीसदी वोट प्रतिशत बढ़ला का बाद ओकरा २७ सीट के फायदा मिले के अनुमान लगावल गइल बा.
दोसरा तरफ लालु पासवान के गठबन्हन के वोट फीसदी में करीब १० फीसदी गिरावट देखे के मिल रहल बा. एहमें से पाँच फीसदी राजग का तरफ झुकल बा त पाँच फीसदी कांग्रेस का तरफ.
एहिजा ई बतावलो जरुरी बुझाता कि ओपिनियन पोल आ असली पोल में कई बेर बड़हन अन्तर मिल जाला. देखल गइल बा कि ओपिनियन पोल अकसरहाँ सत्ताधारी दल भा गठबन्हन का ओरि झुकल रहेला जबकि परिणाम दोसरा तरफ के रुझान देखा देला.