Last phase of Panchayat elections tomorrow
Fourth and last phase of three level Panchayat elections will be held tomorrow amidst tight security. Though the previous phases were marred by large scale bogus voting, police high handedness, and violance.
यूपी में चल रहल तीन स्तर के पंचायत चुनाव के चउथका आ आखिरी दौर के मतदान काल्हु करावल जाई. पिछलका तीनो दौर के मतदान में गड़बड़ी. बूथ कैप्चरिंग, बोगस वोटिंग, हिंसा, आ पुलिसिया दखल के भरपूर शिकायत रहल बा. बलिया के मैरीटार में त पुलिस एगो आदमी के लाठी से पिटला का बाद छत से फेंक दिहलसि जवना चलते ओकर मौत हो गइल.
सगरी चरण के मतगणना अट्ठाइस अक्टूबर के एके साथ करावल जाई. एह मतदान में पार्टी आधार पर चुनाव नइखे करावल गइल. एह फैसला के खिलाफत विपक्षी दल कइले बाकिर बसपा सरकार पर ओकर कवनो असर ना पड़ल. वइसे जमीनी हकीकत इहे बा कि हर दल के मंशा इहे रहे कि ओकरा चुनाव चिन्ह पर मतदान ना होखे आ जे जीते ओकरे के अपना पार्टी के मान लिहल जाव. हर जगहा हर पार्टी से समर्थक स्थानीय कारण से एक दोसरा का खिलाफ लड़त बाड़े. अब जे जीत जाई ऊ अपना पार्टी में मजबूत मानल जाई.