Counting of votes of Panchayat polls in U.P.
Votes polled for three tier panchayat elections in U.P. will be counted tomorrow. Votes of half of the panchayats in a district will be counted tomorrow and the other half will be counted on 30th Oct.
काल्हु २८ तारीख के यूपी में त्रिस्तरीय पंचायत चुनाव में पड़ल वोटन के गिनती करावल जाई. मत के गिनती दू चरण में करावल जाई. दूसरका चरण के गिनती ३० तारीख के करावल जाई. सगरी जिलाधिकारियन के निर्देश भेजल गइल बा कि अपना अपना जिला के न्याय पंचायतन के दू भाग में बाँट के दू दौर में गिनती करावे लोग.
एह चुनावन का दौरान सरकारी आँकड़न का मुताबिक आठलोग के जान चलि गइल आ उनसठ जने घवाहिल भइलें. चार सौ उनहत्तर लोग के गिरफ्तार कर के जेल भेजल गइल बा. पिछला चुनाव का मुकाबिले अबकी पन्द्रह फीसदी बेसी मतदान भइल बा.