Archives for November 2010
जेकरा पर चोरी के आरोप उहे करत बा थानेदारी सुप्रीम कोर्ट सरकार से पुछले बा कि जवना आदमी के केरल के पामोलिन आयल घोटाला में नाम बा ओकरे के सतर्कता आयोग के अध्यक्ष कइसे बनावल जा सकेला ? दोसरे उहे आदमी टूजी घोटाला का दौरान दूरसंचार मंत्रालयो में रहुवे. अब ओकरे पर एह सब घोटाला
मारीशस के राष्ट्रपति के सुरक्षा में चूक भारत में निजी यात्रा पर आइल मारीशस के राष्ट्रपति अनिरुद्ध जगनाथ आ उनका पत्नी श्रीमती सरोजिनी जगनाथ परसों हरियाणा के रोहतक में एगो निजी संस्था के कार्यक्रम में शामिल होखे दिल्ली से हरियाणा अइलें त हरियाणा पुलिस के पायलट गाड़ी उनुका मर्सीडिज टैक्सी के भीड़ भाड़ वाला इलाका
नीतीश मंत्रीमण्डल के विभाग वितरण काल्हु देर रात नीतीश कुमार अपना मंत्रियन के विभागन के बँटवारा कर दिहलें. विभाग के जानकारी विस्तार से अलगे पोस्ट में दिहल जा चुकल बा. शहाबुद्दीन के बेटी मंत्री बनावल गइल बाबरी एक्शन कमिटी के प्रमुख रहल पूर्व सांसद आ राजनयिक सैयद शहाबुद्दीन के बेटी परवीन अमानुल्लाह के काल्हु मंत्री
नीतीश सरकार के मंत्रियन के विभागन के बँटवारा शुक का रात में कइल गइल जवन कि अइसे बा 1. नीतीश कुमार – गृह, निगरानी, निर्वाचन, सामान्य प्रशासन, मंत्रिमंडल सचिवालय, आ अइसनका विभाग जवन केहू के नइखे दिहल 2. सुशील कुमार मोदी – वित्त, वाणिज्यकर, पर्यावरण अउर वन 3. विजय कुमार चौधरी – जल संसाधन 4.
नीतीश के शपथ ग्रहण समारोह आजु उपरि बेरा पटना के गाँधी मैदान में राज्यपाल देवानंद कुंवर नीतीश कुमार के बिहार के 32वां मुख्यमंत्री का रूप में अउर भाजपा के सुशील कुमार मोदी के उपमुख्यमंत्री के रूप में पद आ गोपनीयता के शपथ दिअवलें. साथ ही साथ जदयू के 18 आ भाजपा के 10 विधायकन के
१ वाल्मीकिनगर से जदयू के राजेश सिंह राजद के मुकेश कुमार कुशवाहा के १४६७१ वोट से हरा दिहलें. २ रामनगर से भाजपा के भागीरथी देवी कांग्रेस के नरेश राम के २९७८२ वोट से हरवली. ३ नरकटियागंज से भाजपा के सतीश चन्द्र दूबे कांग्रेस के आलोक प्रसाद वर्मा के २०२२८ वोट से हरवलें. ४ बगहा से
सौतिन के खीस कठौती पर लालू भाई खीसी लाल भइल बाड़न. एक्जिट पोल में उनका गठबन्हन के हार का देखा दिहलसि मीडिया कि मीडिया के भला बुरा कहे लगलन. कहलें कि हम शिवसेना ना हईं कि मीडिया के एह बाति खातिर पिटाई कर दीं. पुछल गइल कि एक्जिट पोल में राउर हार देखा के का
बिहार विधानसभा में राजग के स्पष्ट बहुमत मिली काल्हु प्रसारित एक्जिट पोल के नतीजा बतावत बा कि राजग के बहुमत मिले में कवनो संदेह नइखे. तीनो सर्वेक्षण में इहे राय बा, अन्तर बस सीट में बा. जे सबसे कम दे रहल बा ऊ १४५ सीट आ सबले बेसी दे रहल बा ऊ २०१ सीट. बाकिर
कुर्सी का मोह में चुप बइठ के देश के लुटात देखत रहलें ईमानदारी खातिर जानल जाये वाला प्रधानमंत्री गठबन्हन राजनीति के शिकार हो गइलें आ चुपचाप बइठ के देश के लुटात देखत रहलें. अब प्रधानमंत्री कार्यालय के कहना बा कि उनका लगे कवनो शिकायते ना रहे जवना पर कुछ करतें. या खुदा, कत्ल करते हैं
शिक्षा से चरित्र खतम होखला से संघ चिन्तित आरएसएस के सरसंघचालक मोहन भागवत काल्हु गोरखपुर में अपना प्रवास का दौरान एगो प्रभात शाखा पर चहुँपलन आ साधारण स्वंयसेवक का तरह मुख्य शिक्षक के आदेश के पालन कइलन. शाखा में २० मिनट का अपना बौद्धिक में भागवत एह बाति खातिर चिन्ता जतवले कि आजु शिक्षा से
आजु बकरीद हऽ कुर्बानी आ प्रेम के पर्व बकरीद आजु पूरा देश दुनिया में धूमधाम से मनावल जा रहल बा. बिहार यूपी में एह मौका पर शान्ति व्यवस्था बनवले राखे खातिर आ नमाजियन के सुविधा खातिर खास इन्तजाम कइल गइल बा. हर जगह प्रशासन चउकस बा. सिवान आ दरभंगा में डेढ़ डेढ़ सौ से बेसी
बिहार चुनाव के आखिरी चरण में सगरी पार्टी आपन पूरा ताकत लगवली सँ बिहार चुनाव के छठवां आ आखिरी चरण के मतदान खातिर सगरी पार्टी आपन पूरा ताकत झोंक दिहले बाड़ी सँ. कांग्रेस खातिर अबकी के चुनाव आपन हैसियत देखावे के मौका बा त लालू पासवान खातिर अस्तित्व के सवाल बा. जदयू भाजपा गठबन्हन अपना
यूपी विधान परिषद के चुनाव परिणाम यूपी विधान परिषद के पाँच गो सीट पर भइल चुनाव के परिणाम मिल गइल बा. कानपुर स्नातक सीट से जगेन्द्र स्वरूप. गोरखपुर फैजाबाद स्नातक सीट से सपा के देवेन्द्र प्रताप सिंह, बरेली मुरादाबाद शिक्षक सीट से भाजपा के डा॰ नेपाल सिंह, कानपुर शिक्षक सीट से राजबहादुर चन्देल, आ इलाहाबाद