आजु बकरीद हऽ
कुर्बानी आ प्रेम के पर्व बकरीद आजु पूरा देश दुनिया में धूमधाम से मनावल जा रहल बा. बिहार यूपी में एह मौका पर शान्ति व्यवस्था बनवले राखे खातिर आ नमाजियन के सुविधा खातिर खास इन्तजाम कइल गइल बा. हर जगह प्रशासन चउकस बा. सिवान आ दरभंगा में डेढ़ डेढ़ सौ से बेसी मजिस्ट्रेटन के तैनाती कइल गइल बा काहे कि ई दुनु जगहा बहुते संवेदनशील हऽ. चुनाव का मौका पर कवनो गड़बड़ी ना होखे देबे खातिर सरकार कुछ अधिके सजग बिया.
दिल्ली में इमारत ढ़हला का चलते मरेवालन में एक दर्जन से बेसी बिहार के
दिल्ली के लक्ष्मीनगर इलाका में एगो पंचमंजिला मकान के ढहला से छियासठ लोग के मौत आ कई दर्जन लोग के घवाहिल होखे के खबर बा. दिल्ली सरकार का तरफ से मरेवालन के दू लाख, गम्हीराह घवाहिल के एक लाख, आ साधारण घवाहिलन के पचास हजार रुपिया के सहायता देबे के घोषणा भइल बा. बतावल जा रहल बा कि एह दुर्घटना में मरे वालन में करीब एक दर्जन लोग बिहार के सहरसा के रहुवे जे ओहिजा कमाये गइल रहे.
बिहार चुनाव के आखिरी दौर
बिहार के चुनाव के छठवां आ आखिरी दौर में हर पार्टी के छोट बड़ नेता काल्हु जम के प्रचार कइलें. जदयू भाजपा का तरफ से नीतीश कुमार, राजनाथ सिंह, शरद यादव, शत्रुघ्न सिन्हा, अखिलेश सिंह, आ ललन सिंह, राजद लोजपा से लालू प्रसाद, रामविलास पासवान, रामकृपाल सिंह, कांग्रेस से ज्योतिरादित्य सिंधिया, जदसेकूलर से एचडी देवगौडा वगैरह लोग चुनाव प्रचार में लागल बा. चुनाव बीस तारीख के होखे वाला बा.
रामविलास पासवान रंगे हाथ गिरफ्तार
समस्तीपुर के हरपुर पूसा मध्य विद्यालय के प्रधानाध्यापक सह डीडीओ राम विलास पासवान के निगरानी विभाग के टीम एगो रिटायर्ड शिक्षक रामचंद्र सिंह से छह हजार रुपया के घूस लेत रंगे हाथ पकड़ लिहलसि.
बेतिया के जमादार टोला के व्यवसायी कन्हैया साह के हत्या
बेतिया के जमादार टोला के व्यवसायी कन्हैया प्रसाद के काल्हु हत्या कर दिहल गइल. हत्यारा बाद में भाग निकलन सँ. ओने बगहा वाल्मीकिनगर मेन रोड पर एगो बस आ मोटरसाइकिल के टक्कर में मोटरसाइकिल पर सवार तीन जने के ओहिजे मौत हो गइल.
एशियाड में भारत के जिमनास्टिक में पहिला पदक मिलल
काल्हु भारत के जिमनास्ट अशोक कुमार एगो इतिहास बना दिहलन जब ऊ भारत खातिर जिमनास्टिक में अबले के पहिलका पदक जीत लिहलें. ओने विरधावल खड़े के तैराकी में मेडल मिलल. तैराकी में भारत के चौबीस साल बाद कवनो पदक मिलल बा. एशियाड का पदक तालिका में भारत नौंवा जगहा पर बा. पिछला बेर दोहा में भइल एशियाड में भारत के दसवाँ जगहा रहुवे आ ओकरा खाता में दस गो स्वर्ण पदक, १७ गो रजत पदक, आ २६ गो कांस्य पदक मिलल रहे. अबकी का एशियाड में कवनो स्वर्ण पदक ना मिलला का चलते भारत नौंवा जगहा पर बा ना त सतवाँ जगहा पर रहीत.