web analytics

नीरा यादव के जेल के सजा

मुलायम सरकार का जमाना में यूपी के मुख्य सचिव रहल नीरा यादव के सीबीआई के कोर्ट एगो जमीन से जुड़ल मामिला में चार साल के जेल के सजाय सुनवले बा. सजा सुनला का बादे नीरा यादव रो पड़ली. नोएडा के एगो प्लॉट फ्लेक्स इंडस्ट्रीज के अशोक चतुर्वेदी के गलत तरीका से दिहल गइल रहुवे जवना खातिर कोर्ट नीरा यादव के दोषी मनलसि. अशोको चतुर्वेदी के चार साल के सजा सुनावल गइल बा. एह फैसला से अधिकारियन का बीच सही संदेश जाई आ अब ऊ लोग राजनीतिक दबाव में आ के गलत फैसला करे से पहिले चार हालि सोची. नीरा यादव के जेल के सजा सुनके प्रदेश के आईएएस अधिकारियन के एगो धड़ा खुश बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: