अयोध्या में १५ फरवरी तक यथास्थिति बनल रही
December 10, 2010
अयोध्या के मालिकाना हक का बारे में पिछला ३० सितम्बर के दिहल फैसला पर इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ पीठ १५ फरवरी तक यथास्थिति बनवले राखे के आदेश दिहले बिया. फैसला सुनावे वाला दिन तीन महीना तक के रोक लगावल गइल रहे जवना के बढ़ा दिहल गइल बा. मामिला पर कुछ फरीकन का तरफ से सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगावल गइल बा जवना पर फैसला आवे में समय लागे वाला बा. अपना फैसला में लखनऊ पीठ विवादित जमीन के तीन हिस्सा कर के रामलला विराजमान, निर्मोही अखाड़ा, आ मुस्लिम पक्ष के एक एक हिस्सा देबे के बात कहले बा.