चौबे गइलें छब्बे बने दूबे बनि के अइलें
December 10, 2010
कुछ दिन पहिले २६ नवम्बर के सुप्रीम कोर्ट टिप्पणी कइले रहुवे कि इलाहाबाद हाई कोर्ट में कुछ ना कुछ जरुरे गड़बड़ बा. इलाहाबाद हाई कोर्ट एह टिप्पणी के हटावे खातिर सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले रहुवे. याचिका के सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलस. बाकिर इहो कहलसि कि अइसन नइखे कि इलाहाबाद हाई कोर्ट में सभे खराबे बा, कुछ बढ़ियो जज बाड़े ओहिजा. न्यायमूर्ति मार्केण्डय काटजू एह मामिला में याचिकाकर्ता के वकील के कवनो बात सुने माने के तइयार ना रहलें. कहलें कि पब्लिक के बेवकूफ मत समुझीं कि ओकरा मालूम ना चली कि के बेइमान बा आ के इमानदार. ओकरा सब मालूम रहेला.