इलाहाबाद हाई कोर्ट काल्हु सीबीआई के निर्देश जारी कइलसि कि प्रदेश के दागी वकीलन का खिलाफ कार्रवाई चालू राकल जाव आ अगिला अठारह मार्च के होखे वाला सुनवाई तकले एह बारे में नियमित रिपोर्ट दर्ज करावर रहे. बार कौंसिलन से कहल गइल बा कि ऊ अपना ओह सदस्य वकीलन के सूची हाजिर करावे जेकरा खिलाफ कवनो मुकदमा दर्ज भइल होखे भा कवनो केस में जेल गइल होखस. सीबीआई से इहो कहल गइल बा कि ऊ पता लगावे कि अइसनका वकीलन का लगे के संपत्ति कइसे बनावल गइल. कोर्ट के कहना बा कि वकीलन के करतूतन से न्यायपालिका के छवि खराब भइल बा.