पाँचो मैच जीत के भारत सीरिज पर काबिज भइल
December 11, 2010
काल्हु चेन्नई में होखे वाला पाँचवा एक दिना मैच में न्यूजीलैण्ड के आठ विकेट से हरा के भारत एह शृंखला के पाँचो मैच जीत लिहलसि. एकरा पहिले २००८ ०९ में भइल इंगलैण्ड का साथे वाली शृंखला भारत पाँच शून्य से जीतले रहुवे. काल्हु के मैच में भारत के स्पिनर न्यूजीलैण्ड के पूरा टीम २७ ओवर में १०३ रन देके आउट कर दिहले रहुवे आ जवाब में बाइसवें ओवर में १०४ रन के लक्ष्य पूरा कर लिहलसि. एह दौरान ओकर दू गो विकेट गिर चुकल रहे. साथहीसाथ गौतम गंभीर अपना कप्तानी में होखे वाला पहिलका शृंखला अतना शानदार तरीका से जीत लिहलें कि धोनी के धुनाई हलुक पड़ गइल.