web analytics

बिहार का हार से हरला के जरुरत नइखे

बिहार विधानसभा चुनाव में मिलल करारा हार का बाद पहिला बेर अपना सांसदन से बतियावत कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी आजु दिल्ली में कहले बाड़ी कि एह हार से हरला के जरुरत नइखे. बरिसन बाद कांग्रेस बिहार के सगरी सीटन पर चुनाव लड़लसि इहे साहस के बाति बा. कहली कि ऊ त पहिलही से जानत रहली कि बिहार से कवनो खास उमीद नइखे. सोनिया गाँधी इहो कहली कि जहवें जरुरत होखी तहवें अइसने कइल जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: