दीनबंधु आ तुलसी घूस लेत पकड़इलें
December 15, 2010
पश्चिमी चंपारण जिला के भितहा गाँव में ग्रामीण बैंक के प्रबंधक दीनबंधु राम के एगो किसान से किसान क्रेडिट कार्ड पर कर्जा देबे खातिर दू हजार रुपिया घूस लेत रंगे हाथ पकड़ लिहल गइल. ओही तरह वैशाली जिला के महुआ ब्लाक के शिक्षा प्रसार पदाधिकारी तुलसी प्रसाद के एगो ठीकेदार से पाँच हजार रुपिया घूस लेत पकड़ल गइल. दुनु जने के पटना ले जाइल गइल बा जहवाँ ओह लोग के निगरानी विभाग के विशेष अदालत में हाजिर करावल जाई.