३१ दिसम्बर ले अपना संपति के ब्योरा दाखिल करसु मंत्री लोग
December 17, 2010
बिहार के मुख्य मंत्री नीतीश कुमार अपना सगरी मंत्रियन के चिट्ठी भेज के कहले बाड़न कि ३१ दिसम्बर तक सभे अपना संपति के ब्योरा उनका लगे भेज देव. ओकरा बाद हर साल एहब्योरा के भेजे के होखी. अधिकारियन का बारे में अबहीं कवनो फैसला नइखे लिहल गइल बाकि जल्दिये ओही दिसाईं कुछ फैसला होइये जाई. साल १९९९ में सुशील मोदी एह माँग के लेके अनशन पर बइठल रहलें जब ऊ विपक्ष के नेता रहलन. बिहार में १९८३ में एगो भ्रष्टाचार उन्मूलन अधिनियम बनल रहे बाकिर लागू ना हो पावल.