web analytics

दरगाह पर चादर चढ़ा के बिहार खातिर मन्नत मँगले नीतीश

पटना सिटी के कच्ची दरगाह पर काल्हु चादर चढ़ा के बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश बिहार के विकास आ साम्प्रदायिक सद्भाव के दुआ मँगले. एह दरगाह पर पूरा देश से श्रद्धालु आवेले आ मनवति माँगेले. नीतीश कुमार बतवले कि दरगाह के पूरा विकास करावल जाई जेहसे कि श्रद्धालुअन के कवनो तकलीफ ना होखे. जल्दिये एहिजा एगो विश्रामालय बनवा दिहल जाई. मुख्यमंत्री का साथे शिवानन्द तिवारी आ प्रशासनिक अमला मौजुद रहे. एगो दोसरा सभा में नीतीश कहलें कि जल्दिये बख्तियारपुर का लगे गंगा पर महापुल बनावल जाई जवना से समस्तीपुर के पटना से आसानी से जोड़ दिहल जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: