माया सरकार सपा के नेतवन के गिरफ्तार कइलसि
December 19, 2010
एगो बसपा उम्मीदवार के हड़कावे का आरोप में निर्दलीय विधायक राजा भईया समेत कई गो सपा नेता लोगन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. एहमें सपा सांसद शैलेन्द्र, विधायक विनोद सरोज, आ विधानपरिषद सदस्य अक्षय प्रताप सिंह उर्फ गोपाल जी शामिल बाड़े. एह लोगन पर आरोप बा कि ई लोग काल्हु शनिचर का दिने बाबूगंज प्रखण्ड से ब्लाक प्रमुखी के उम्मीदवार बसपा नेता मनोज कुमार शुक्ला के गाड़ी रोक के धमकावल आ हवाई फायर कइल लोग. कहल लोग कि चुनाव मैदान से हटि जा ना त दुनिया से हटा दिहल जइब.