Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

लोग के रोआवत पियाज के निर्यात पर रोक


दाम से आसमान छुवत प्याज के निर्यात पर भारत सरकार रोक लगा दिहले बिया. ई रोक खिचड़ी ले रही आ ओकरा बाद बाजार के हालत देख के फैसला लिहल जाई. साथही प्याज के निर्यात दाम के दुगुना कर दिहले बिया जवना से कि निर्यात मुश्किल जरुर हो जाव. खुदरा बाजार में पियाज साठ से सत्तर रुपिया किलो के भाव बिका रहल बा. एह तेजी में प्याज के नजदीकी लहसूनो पाछा नइखे आ उहो दू सौ रुपिया किलो से बेसी के दर छू लिहले बा.

%d bloggers like this: