कोहरा का चलते कई गो रेलगाड़ी रद्द
December 22, 2010
रेल विभाग कोहरा से हार मानत अबकी कई गो रेलगाड़ी रद्द करे के फैसला लिहले बा जवना में हावड़ा से दिल्ली का बीच चले वाली जनता एक्सप्रेस, आ सीतामढ़ी से आनन्द विहार दिल्ली जाये वाली लिच्छवी एक्सप्रेस २१ जनवरी तक बन्द रहीहें सँ. उद्यान आभा एक्सप्रेस हावड़ा से चलके गंगानगर ले ना जा के अब ३१ जनवरी तक मुगलसराय से गंगानगर का बीच चलावल जाई. पटना मथुरा एक्सप्रेस २९ दिसम्बर से ३१ जनवरी ले लखनऊ कानपुर आगरा का बदले लखनऊ कानपुर किशनगढ़ का रास्ते चलावल जाई.