मौलाना मजहरुल हक जयंती
December 22, 2010
आजु सिवान जिला के हुसैनगंज प्रखंड के फरीदपुर गाँव में मौलाना मजहरुल हक के जयन्ती राजकीय समारोह का तरह मनावल गइल. मौलाना साहब के मजार पर मानव संसाधन विकास मंत्री पी के शाही चादरपोशी कइलें. एह मौका पर रक्तदान शिविरो लगावल गइल रहे. छपरा में जयंती कार्यक्रम में श्रममंत्री जनार्दन सिंह सिग्रीवाल मौलाना का प्रतिमा पर फूलमाला चढ़वलें. पटनो में उनकर जयंती मनावल गइल.