web analytics

विधानसभा चुनाव में हार के कारण तलाशे खातिर राजद के बइठक

लालू प्रसाद के पार्टी राष्ट्रीय जनता दल के समीक्षा बइठक काल्हु से पटना में शुरु हो गइल जवन आजु बुध ले चली. एह बइठक में लालू प्रसाद, रामचन्द्र पूर्वे, अब्दुलबारी सिद्दीकी, रघुवंश प्रसाद सिंह, आ रामकृपाल यादव समेत पार्टी के बड़का नेता शामिल बाड़े. बइठक में एह बात पर चरचा चलावल जा रहल बा कि पिछला चुनाव में राजद के हार काहे आ कइसे भइल. रघुवंश प्रसाद सिंह पत्रकारन से बतवलें कि एह में राजद के जनाधार के लेके चरचा होखी आ पार्टी के मजबूत बनावे का दिसाईं कोशिश शुरु होखी.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: