web analytics

बिहार का हर प्रखण्ड में स्टेडियम बनावल जाई

बिहार राज्य में खेलकूद के बढ़ावा देबे खातिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु पटना में कला संस्कृति आ युवा विभाग के कामकाज के समीक्षा करत ई कहलें कि हर प्रखण्ड में एगो स्टेडियम बनावल जाई. अगिला पाँच साल में ई काम पूरा कर लिहल जाई. कहलन कि बढ़िया खिलाड़ियन के पुलिस आ दोसरा विभागन में नौकरी दिहल जाई आ राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर राज्य के नाम रोशन करे वाला खिलाड़ियन के विशेष सम्मान दिहल जाई.

 257 total views,  5 views today

%d bloggers like this: