स्कूल जीप आ कॉलेज बस में टक्कर से एक जने के मौत दर्जनो घवाहिल
December 24, 2010
बलिया जिला के भीमपुरा थाना के महदेवा गाँव का लगे विवेकानंद महाविद्यालय सेमरी के बस काल्हु बिल्थरारोड सेंट जेवियर्स स्कूल के जीप से सोझा सोझी टकरइला का बाद पलटि गइल जवना में एगो अधेड़ के ओहिजे मौत हो गइल आ दु गो शिक्षिका समेत दर्जनो छात्र घवाहिल हो गइलें. टक्कर में जीपो पलट गइल रहे. मरेवाला कॉलेज प्रबंधक के चाचा बतावल जात बाड़े. घवाहिलन के मऊ अस्पताल में भरती करावल गइल.